Friday, September 22, 2017

Bhojpuri Songs

एगो हमार ग़ज़ल के शेर ह..भोजपुरी भाषा ना ह ई त मिठाई हवे,जइसे जेठ के घामा में गुर लागेला..का ई सांच बात नइखे कि भोजपुरी में छिपल मिठास आदमी के मन में छिपल कड़वाहट के खतम करे के क्षमता राखत बा,अफ़सोस की आज एह मिठास में कुछ भोजपुरिया गायक-गायिका लोग अश्लीलता के जहर घोल देले बा लो,भिखारी ठाकुर आ महेंदर मिसिर के भोजपुरी आज गुड्डू रंगीला के भोजपुरी में बदल गइल बा.. आज इंटरनेट पर  Bhojpuri Songs  से ज्यादा bhojpuri hot songs सर्च होता..तब  हम रउरा खातिर ले आइल बानीं माटी के लोकगीतन के एगो शानदार संकलन आ ओकरा संगे हास्य-व्यंग के चर्चा भी..